बुधवार, 11 नवंबर 2009

देवी गीत

देवी गीत
नीबिया की डाली मईया लावेली हिड़ोलवा की झूली झूली ना
मईया गावेली गीति की झूली झूली ना।

झूलत झूलत
मईया के लगली पियसिया कि चली भइली ना
मलाहोरिया दुवारावा कि चली हो भइली ना
भीतर बाड़ू कि बाहर ऐ मलिनिया हो कि बूँद एक ना
हमके पनीया पियाव हो कि बूँद एक ना

कईसे में पनीया पियाईं शीतल मईया हो
कि मोरे गोदे ना बाने बालका नादान होकी मोरे गोदे ना

लेहू ना मालिनी सोने के खटोलावा कि
सुताई दीहो ना ऊ जे बालका नादान के सुताई दीहो ना
सोने के खटोलवा मईया टूटी फाटी जईहें
कि बलकावा मोरे ना कि भूईयवॉ लोटि जईहें कि बलकवा मोरे ना

एक हाथे लेली मालिनी झझर गेड़ुअवा हो दहिनवे हाथे ना
ले सिंहासन पाट हो दहिनवे हाथ ना
पनिया ही पी पाटे बईठी हे शीतली मईया
दी ना आशीष मईया मुख भरि आशीष
मईया दीना

जईसे जईसे मालिनी हमें जुड़ववलू की ओईसे ओइसे ना
तहरे धीयवा जुड़ासु मालिनी
ओईसे ओइसे ना
तहरे पतोहिया जुड़ासु मालिनी ओईसे ओइसे ना
धीया बाड़ी सासुर की पतोहिया अपने घरवा
की केकरा के मईया देयीले आशीष हो की केकराके
धीया बाढ़े सासुर की पतोहिया
अपने घरवा
की मालिनी तोहरो हे बाढ़े एहवात हो की तोहरो
जवनी अशीशिया मईया मलिनियाँ के दीहनी
हो की तवने अशीशिया ना मईया ............के देंयी
मईया तवने अशीशिया ना
मईया तवने अशीशिया ना पूरे देशवा के देंयी
हो की तवने अशीशिया ना


एही तरे अपने सभी प्रियजन के नाम जोड़ि के गावल जाला ।



देवी गीत भोजपुरी क्षेत्र में कवनो शुभ अवसर सबसे पहिले गावल जाला एही से हम आपन बात ऐही गीत से करतानी
नमस्कार