मईया के गीत -५
सिंहवा चढली मईया गरजति अईली
हो की केकरी चढली ना आजु आईं हम पहुनवां हो की केकरी घरवां ना ।
अपनी मडईया से बोलेले कवन* सेवका हमरी घरवां ना
मईया आईं आजु पहुनवां की हमरी घरवां ना।
हम रउरी सिंघवा के खसीया दानावां देईबी
हो रनीयवें** हमरी ना रुउरा के पूजवा चढईहे
की रनीयवें हमरी ना।
* घर की लईकन चाहे बड़हन लोगन के नाम जोड़ी के।
** ऊपर की नाम से जुडल माई , बहिन या पत्नी के नाम रही।
गुरुवार, 17 दिसंबर 2009
मईया के गीति -४
मईया के गीति -४
सातों मईया की हथवा में लाल के छड़ी हे गुलाब छड़ी
मईया कबसे रउरा आईके आँगन में खड़ी ।
आँगन में खड़ी हो आगन में खड़ी मईया हमके* सिंदुरवा
भीखिया देईके चलीं मईया हमके बालाकवा भीखिया देईके चलीं.
*घर भरि की मेहरारू लोगनि के नाम जोड़ी के गावल जाई.

मईया के गीति- ३
मईया के गीति- ३
आजू दीन आजू दीन आजू दीनवां ना
शीतल मईया अईहे अंगना....... आजु हो दिनवां ना।
सातों मईया अईहे अंगना....... आजु हो दिनवां ना।
कहाँ पईबो ए मईया ओढ़ना बिछवना कहाँ हो पईबो ना
रउरा मन जोगे बिछवना कहाँ हो पईबो ना।
अपने मडईया से बोलेले मैत्रेय* सेवका
हम देबो ना हम देबो ना रउरा के मन जोगे बिछवना हमहो देबो ना।
हम देबो रउरा के ओदना बिछवना हम हो देबो ना
रउरा के ललकी चूनारीया हम हो देबो ना।
*अपनी घर की सब लोगन के नाम लेके जोड़ीके गीति गावल जाला.

मइया के गीति -२
मइया के गीति -२
मइया जे उतरेली बाग़ में ललना
लोग तमाशा देखे हे ललना।
का ओही माता के देखले ललना
देखत हियरा जुड़ईहे हे ललना।
का ओही माता के देखले ललना
देखत पाप परईहें ए ललना।
पनवा एईसन मईया पातर ललना
फुलवा एईसन सुकुवारी ए ललना ।
गंगा एईसन मईया नीरमल ललना
सूरुज धाहेले जोती ए ललना ।
हाथवा के लहू चुनारीया ललना
बजाजिन की भेसे जईह ए ललना।
हाथवा के लहू सिन्होरवा ललना
कुनेलिन की भेसे जईह ए ललना।
हाथवा के लहू फुलडलिया ललना
मल्होरिन की भेसे जईह ए ललना।
हाथवा के लहू दहीया ललना
गवालिन की भेसे जईह ए ललना।
काहो खाईबी काहो बेलसबी ललना
काहे लेजाईबी कैलाश ए ललना।
पान खाईबी फूल बेलसबी ललना
जस लेजाईबि कैलाश ए ललना।
जस देई जस देई शीतली मईया ललना
अपयस जासु बणी दूर ए ललना।
मईया के गीति एके न गावल जाला। कम से कम दूगो आ नाहीं त पांची गो गावेके चाही।

सदस्यता लें
संदेश (Atom)